अमेरिका के बोस्टन हवाई अड्डा पर आजम खान के तलाशी

हावर्ड में भाषण देबे खातिर गइल मुख्यमंत्री अखिलेश का संगे गइल कैबिनेट मंत्री आजम खां के रोक के देरी ले पूछताछ कइल गइल. तमतमइला पर उनका के हड़काइयो दिहले अमेरिका के अधिकारी. एह घटना के विरोध में दुनु जने हावर्ड यूनिवर्सिटी में भाषण देबे के कार्यक्रम रद्द क के लवटे के फैसला कइले बाड़ें. आजु के हवाई जहाज में व्यवस्था ना हो सकल त २८ तारीख के लवटे के फैसला भइल बा. एह लोग के कुंभ मेला के सफल इंतजाम का बारे में बतावे खातिर यूनिवर्सिटी का ओर से नेवता मिलल रहुवे.

जान जाईं कि नरेन्द्र मोदी के अमेरिका से वीसा ना मिलला पर सेकुलर लोग उनकर मजाक उड़ावत रहेला. अब एगो अउर खान के बेइज्जति का बाद मामिला गरमा गइल बा आ भारत सरकार आपन विरोध दर्ज करवले बिया. एकरा से पहिले अब्दुल कलाम आजाद, जार्ज फर्नांडिज, इरफान खान, आ शाहरुख खान के अमेरिका में बेइज्जति के सामना करे पड़ल रहे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।