अयोध्या में १५ फरवरी तक यथास्थिति बनल रही

अयोध्या के मालिकाना हक का बारे में पिछला ३० सितम्बर के दिहल फैसला पर इलाहाबाद हाई कोर्ट के लखनऊ पीठ १५ फरवरी तक यथास्थिति बनवले राखे के आदेश दिहले बिया. फैसला सुनावे वाला दिन तीन महीना तक के रोक लगावल गइल रहे जवना के बढ़ा दिहल गइल बा. मामिला पर कुछ फरीकन का तरफ से सुप्रीम कोर्ट में याचिका लगावल गइल बा जवना पर फैसला आवे में समय लागे वाला बा. अपना फैसला में लखनऊ पीठ विवादित जमीन के तीन हिस्सा कर के रामलला विराजमान, निर्मोही अखाड़ा, आ मुस्लिम पक्ष के एक एक हिस्सा देबे के बात कहले बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।