अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के अल्पसंख्यक स्वरूप बहाल करे के माँग

बिहार के अल्पसंख्यक कल्याण आ सूचना प्रौद्योगिक विभाग के मंत्री शाहिद अली खान कहले बाड़न कि केन्द्र सरकार के चाहीं कि अलीगढ मुस्लिम विश्वविद्यालय के अल्पसंख्यक स्वरूप बहाल करे ला संसद में बिल ले आ के एकरा के अल्पसंख्यक संस्था घोषित कर देव.

शाहिद अली खान के कहना रहे कि राजनीतिक दल चुनाव का बेरा अल्पसंख्यकन से लुभावन वादा करेलें आ बाद में भुला जाले. मुसलमानन ला अलीगढ़ मुस्लिम विवि के अल्पसंख्यक स्वरूप के बहाली एगो बड़हन मसला बा सरकार के चाहीं कि पूरा देश के मुसलमानन के भावना के कद्र करे.

शाहिद अली खान इहो कहलन कि यूपीएससी परीक्षा में अरबी फारसी के फेरू शामिल कइल जाव.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।