अवधेश मिश्रा के नया अवतार

अभिनय आ लुक में बदलाव ले आवत रहे खातिर मशहूर भोजपुरिया खलनायकी के सिरमौर अवधेश मिश्रा के एगो अउर खतरनाक लुक जल्दिये फिल्म “वर्दी वाला गुंडा” में नजर आवे वाला बा.

निर्माता पप्पू राजेश आ निर्देशक फारुख अहमद सिद्दीकी के नइकी फिल्म “वर्दी वाला गुंडा” के शूटिंग अबहीं पनवेल में चलत बा. सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ, हॉट केक अंजना सिंह आ सिरमौर खलनायक अवधेश मिश्रा मुख्य भूमिका में बाड़े.

अवधेश मिश्रा बतवले कि एह फिल्म में ऊ छग्गू महाराज नाम के एगो खतरनाक खलनायक का किरदार में बाड़न जेकरा आगा पुलिस अधिकारी आ आम लोग सभे नतमस्तक रहेला. काली के पुजारी छग्गू महाराज के जुबान से बेसी ओकर आँख बोलेला.

निर्देशक फारुख अहमद सिद्दीकी के पिछला फिल्म “प्रेम के रोग भइल” में अवधेश मिश्रा एगो अधेड़ खलनायक का भूमिका में थे रहले जेकरा आपन प्यार पावे खातिर औरत बनल निरहुआ से प्यार हो जात बा. अपना हर फिल्म में अभिनय में बदलाव आ खतरनाक लुक का चलते अवधेश मिश्रा के वर्चस्व लमहर समय से कायम बा आ भोजपरी के कवनो बड़का फिलिम उनुका बिना अधूरा लागेला.


( उदय भगत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।