अवैध शराब बनावे के ठिकाना छापा, आठ जने गिरफ्तार

गोण्डा 24 अक्टूबर (वार्ता) गोण्डा जिला के मोतीगंज समेत अनेके इलाकन में छापा मार के पुलिस अवैध शराब बनावे वाला ठिकानन पर से आठ जने के गिरफ्तार कइलसि आ बहुते बड़हन शराब, रासायनिक पदार्थ आ अउरी उपकरण बरामद कइलसि.

पुलिस सूत्र बतावत बाड़े कि मोतीगंज, छपिया, खोडोर, आ परसपुर थाना इलाकन के अहिरनपुरवा, सीहा, भट्टपुरवा आ गोडियनपुरवा मे अवैध शराब बनावे के ठिकानन पर धावा बोल के धधकत भट्ठी, यूरिया, नौसादर आ बड़हन मात्रा में कच्चा शराब बरामद कइलसि.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..