अशोक जयसवाल के ’कलकतिया भउजी’ बनके तइयार हो गइल

kalkatiya-bhaujiजय रानी सती माँ फिल्म प्रोडक्शन के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ’कलकतिया भउजी’ बन के तइयार हो गइल बा. एह महिला प्रधान फिलिम कें पूरा शूटिंग बिहार के छपरा आ सीवान में कइल गइल बा. गाना बहुते बढ़िया आ मनोरंजन से भरपूर बाड़ी स. एह फिलिम में पहिला बेर बिहार के सुपर हिट गायिका बिजली रानी बड़का परदा पर अभिनय कइले बाड़ी. बिजली रानी ओह जमाना के गायिका हई जब भोजपुरी सिनेमा के उदय भइल रहे.

एकरा के अगिला साल फरवरी में पूरा देश में एके साथ रिलीज कइल जाई.

निर्माता निकेत अग्रवाल आ अनिमेष जायसवाल, लेखक निर्देशक अशोक जायसवाल, गीतकार सुरेन्द्र भारती, अशोक सिंह प्रधान, आ मुन्ना दुबे, संगीतकार नागेन्द्र निपांस, पटकथा-संवाद लेखक अशोक सिंह प्रधान, छायांकन समीर देव, नृत्य निर्देशक कृष्ण, अउर फाईट मास्टर सम सकाल जैक्शन हउवें.

मूख्य कलाकारन में बिजली रानी, रंजना सिंह, प्रतिभा सिंह, मीना ध्यानचंद, अशोक सिंह, संजय सिंह, जमील खान, अजय साव, इमरान खान, देव कुमार, इंद्राणी सिंह, पारों रानी, श्रीभगवान शर्मा, अनुराग वर्धन आ अली खान शामिल बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..