अशोक द्विवेदी के तेवरी

DrAऽhokDvivedi

– डा0 अशोक द्विवेदी

सुतल बा जागि के जे, ओके का जगइबऽ तूँ ?
घीव गोंइठा में भला कतना ले सुखइबऽ तूँ ?

बनल बा बेंग इहाँ कतने लोग कुइंयाँ के
नदी, तलाब, समुन्दर के, का देखइबऽ तूँ ।

बा जरतपन के आगि पेट में सुनुगत कबसे
उ अगर लहक उठल, कइसे फिर बुतइबऽ तूँ ?

उड़े के ढेर बा, पँखियो तहार बा कतरल
कवन ठेकान कि ना फेर लड़खड़इबऽ तूँ ?

अन्हेर राज बा आ सबका आँखि बा अन्हवट
कठिन बा चुप रहल, अब कबले सुगबुगइबऽ तूँ ?


(2)
हरेक बात में हुज्जत बाटे
इहाँ गलदोदई के कीमत बाटे।

मिल के करिया-पहाड़ ढाहि दियाव
अब भला कहाँ ऊ समनत बाटे।

आँख फोरतेे उहे बनिहें राजा
तबले चमचन के हुकूमत बाटे।

रोजे गदहन क होता जै-जैकार
धार उल्टा मुँहे बहत बाटे।

लंठ-लुच्चन के रंगदारी से
रोब के ठीकरा चलत बाटे।

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।