असलम शेख के अगिला फिलिम मे मोहे आवत बाड़ी मोहिनी

Imtiaz-Mohini-Aslamनिर्देशक असलम शेख अपना फिलिम ‘औरत खिलौना नहीं’ मे मोहिनी घोष के काम से अतना मोहा गइल बाड़न कि अपना अगिलो फिलिम ला मोहिनी के साइन क लिहले बाड़न. भोजपुरी के बहुते हिट फिलिम देबे वाला निर्देशक हउवन असलम शेख. से तय बा कि मोहिनी घोषो बेहतरीन अदाकारा हई आ उ अनेके हिट फिलिम दिहलहु बाड़ी.

‘औरत खिलौना नहीं’ फिलिम से असलम शेख के बेटा इम्तियाज असलम अपना अदाकारी के करिअर शुरू करत बाड़न आ एह फिलिम पर पूरा इंडस्ट्री के नजर लागल बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।