असुविधा खातिर माफी चाहब

बाकिर काल्हु रात से फेर अँजोरिया वेबसाइट बंद हो गइल रहुवे. एह हॉस्ट से तंग आ गइल बानी बाकिर “उपर चढ़ि के देखा त घर घर एके लेखा”. हर वेबहास्ट का लगे कुछ ना कुछ समस्या बा.
अबही हमरा हॉस्ट के कहना बा कि केहू अँजोरिया के खराब कइल भा हैक कइल चाहत बा. एह चलते अँजोरिया परिवार के सगरी वेबसाइटन पर से कमेंट करे आ रजिस्टर करे के सुविधा हटावल जात बा. रउरा अगर कुछ कहहीं के होखे त हमरा के ईमेल कर दीं. राउर टिप्पणी ओह पोस्ट का साथ जोड़ दिहल जाई.

आशा बा कि रउरा एह असुविधा के सह लेब काहे कि ना रहला से नीमन बा आन्हर बहिर हो के रहल..
राउर,
ओम

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।