आंध्रप्रदेश में भाजपा के तमिलनाडु दोहरावे ना देब – कहलन नायडू

विजयवाड़ा 18 मार्च (वार्ता) आंध्रप्रदेश के मुख्यमंत्री एन चंद्रबाबू नायडू आजु भारतीय जनता पार्टी के चेतवलें कि ऊ राज्य में तमिलनाडु वाली राजनीति दोहरावे के कोशिश मत करे काहे कि हम करे ना देब.
नायडू तेलुगू नयो साल ‘उगदी’ के अवसर पर आयोजित कार्यक्रम के संबोधित करत रहलें. कहलन कि लोग कइसनो संकट के सामना करे में उनुका से सहयोग करे. कहलन कि भोजपा उनुका के कमजोर करे के कोशिश करत बिया आ ऊ कमजोर भइलें त राज्य कमजोर होखी आ एकर खराब असर एहिजा के लोगन पर पड़ी. 1984 के संकट के याद करावल नायडू कहलन कि जब ओह घरी के प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी तब के मुख्यमंत्री एनटी रामा राव के हटवले रही त राज्य के लोग केंद्र के कांग्रेसी सरकार का खिलाफ विद्रोह क दिहले रहल.
नायडू आजु तुम्मलापल्ली ऑडिटोरियम में आयोजित ‘उगदी’ समारोह में शामिल भइलन आ साथे रहली उनुकर पत्नी भुवनेश्वरी आ नाती नारा देवांश. विधानसभा अध्यक्ष कोदेला शिव प्रसाद राव अउर पर्यटन मंत्री बी. अखिल प्रियो मौजूद रहलें.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।