आंध्र प्रदेश के राजधानी के शिलान्यास आजु मोदी करीहें

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु आंध्र प्रदेश के नयका राजधानी अमरावती के शिलान्यास करीहें. एह राजधानी के बनावे के खरचा केन्द्र सरकार देबे वाली बा. कार्यक्रम आजु बियफे का दिने गुंटूर जिला के एगो गाँव उददंडरायुनिपालेम में चार पाँच लाख लोग का मौजूदगी में करावल जाई, एह मौका पर तेलंगाना के मुख्यमंत्री आ विदेशो के प्रतिनिधि मौजूद रहीहें. शिलान्यास करे खाति देश भर के तीर्थ से माटी आ नदियन के पानी मंगावल गइल बा. एह शहर के मास्टर प्लान सिंगापुर सरकार के एजेंसी बनवले बाड़ी सँ.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।