आआपा के बीस गो विधायकन के विधायकी गइल

शुक का दिने चुनाव आयोग दिल्ली के सरकार चलावत आआपा गोल के बीस गो विधायकन के विधायकी रद करे जोग मान लिहलसि आ राष्ट्रपति का लगे आपन अनुशंसा भेज दिहलसि. अपना बेहया टेढ़ियई का ताव में आआपा वाले चुनाव आयोग का सोझा पेशे ना भइलें. कहलें कि मामिला हाई कोर्ट में बा आ जब ले ओहिजा से फैसला नइखे आ जात तबले चुनाव आयोग एह मामिला के सुनवाई ना करे. मजबूरन चुनाव आयोग आखिरकार आपन फैसला सुनाइए दिहलसि. फैसला आ गइला का बाद आआपा वाले फेरु हाई कोर्ट चहुँप गइलें आपन गोहार ले के. बाकिर एह लोग के अदालत से कवनो राहत ना मिलल काहें कि अदालतो अब एह गोल के हकीकत जान गइल बा.
एह फैसला का बाद अब दिल्ली विधानसभा के खाली हो गइल सीटन प मधायावधि चुनाव के उमेद बढ़ गइल बा आ तब हो सकेला कि दिल्ली विधानसभा में सीटन का गणित बदलि जाव.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।