आइटम क्वीन सपना

sapna-semiहिंदी, मराठी, गुजराती समेत कईएक भाषा के फिलिमन में आपन जलवा देखा चुकल सपना आजुकाल्ह सिनेमा भोजपुरी के गरम लिट्टी बनल बाड़ी. सपना के लटका झटका भोजपुरिया दर्शकन के अतना पसंद आइल बा कि अब हर निर्माता निर्देशक सपना के अपना फिलिमन में राखे ला बेताब नजर आवत बाड़े. खूनी दंगल, प्राण जाये पर वचन ना जाए, अउर आंधी-तूफान जइसन फिलिमन में सपना के डांस भोजपुरी आइटम डांस के चटक सवाद दिहले बा. चुलबुल गानन पर सपना के लचक के खुमार एह घरी भोजपुरिया दर्शकन पर खूबे चढ़ल बा.

सपना के कहना बा कि भोजपुरी के आइटम डांस पर फूहड़पन के हमेशा आरोप लागत रहेला बाकिर उनकर डांस में शारीरिक कम, हाव-भाव के प्रदर्शन बेसी होला. एह आधार पर अपना डांस के सपना फूहड़ ना मानसु. कहेली कि आइटम डांस हमेशा से फिलिमन के हिस्सा रहल बा. अलग बात बा कि बाद में एकरा के फूहड़ मजाक बनाके राख दिहल गइल बा.

सपना एह घरी सिनेमा भोजपुरी का साथही हिंदी अउर गुजरातीओ सिनेमा में बिजी बाड़ी.


(स्पेस क्रिएटिव)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।