आईएएस, पीसीएस परीक्षा खातिर मुफ्त कोचिंग कराई पूर्वांचल विवि


जौनपुर, 07 मार्च (वार्ता). जौनपुर में वीर बहादुर सिंह पूर्वांचल विश्वविद्यालय आईएएस, पीसीएस के प्रतियोगी परीक्षा के तइयारी करे वाला विद्यार्थियन के मुफ्त कोचिंग कराई.

विवि के कुलपति प्रो0 राजाराम यादव आजु एह निःशुल्क कोचिंग सुविधा के उद्घाटन करत कहलन कि प्रतियोगी परीक्षन में निराशा घातक होले आ विद्यार्थियन के अपना मन से निराशा के हटा देबे के पड़ी. एह भागमभाग के जिंदगी में धीरज आ आत्मविश्वास होखल जरूरी बा. प्रबल आत्मविश्वासे से विजय मिलेला.

कहलन कि शिक्षक आ कोचिंग के काम विद्यार्थियन के मार्गदर्शन कइल होला, बाकिर सफलता मेहनत करे वालहीं के मिलेला. कंटीले राह पारर करत जे आपन लक्ष्य हासिल कर लेला, सही मायने में ओकरे वास्तविक सुख के अनुभूति होला.

एकरा पहिले सादात डिग्री कालेज के प्राचार्य रहल डा0 अपरबल राम यादव कहलन कि आर्थिक रूप से कमजोर विद्यार्थियन ला ई कोचिंग वरदान साबित होखी आ एहसे इलाका, गांव आ विश्वविद्यालय के नाम रोशन होखी.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।