आईएमए से पास होखे वाला आधा अधिकारी यूपी बिहार से

एह साल भारतीय सैन्य अकादमी से पास होखे वाला ५१८ अधिकारियन में से २२३ यूपी बिहार से बाड़न. अलग अलग जोड़ल जाव त यूपी १०२ अधिकारियन का साथ पहिला जगहा पर, उत्तराखंड ८५ का साथ दूसरा जगहा पर, बिहार ३२ अधिकारियन का साथे पाँचवा जगहा पर, आ झारखंड के ४ गो अधिकारी बाड़े. सैन्य अकादमी से पासिंग आउट परेड का बाद एह लोग के सेना के लेफ्टिनेंट का पद पर बहाल होलें. देश का सुरक्षा में लागे के तमन्ना लिहले पचास हजार से बेसी अधिकारी एह अकादमी से प्रशिक्षित हो चुकल बाड़े जवना में से ११ गो थल सेनाध्यक्ष का पद तक चहुँपलें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।