आकाशवाणी पटना में अंशकालीन संवाददाता के बहाली

आकाशवाणी पटना के समाचार विभाग में संविदा पर अंशकालीक संवाददाता के नियुक्ति छह गो जिला, कटिहार, सीतामढ़ी, भोजपुर, वैशाली, जहानाबाद आ अररिया, में होखे वाला बा. एकरा खातिर पत्रकारिता में डिग्री भा डिप्लोमा का साथे दू साल के पत्रकारिता के अनुभव चाहीं. उमिर चौबीस से पैंतालिस साल का भीतर होखे आ कैमरा आ कंप्यूटर चलावल आवत होखे के चाहीं. आवेदन पत्र के प्रारूप आकाशवाणी के वेबसाइट पर उपलब्ध बा. जे लोग पहिले निकलल रिक्ति खातिर आवेदन दे चुकल बा ओह लोग के दुबारा आवेदन करे के जरूरत नइखे. पूरा जानकारी एहिजा दिहल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..