आकाशवाणी पटना में अंशकालीन संवाददाता के बहाली

आकाशवाणी पटना के समाचार विभाग में संविदा पर अंशकालीक संवाददाता के नियुक्ति छह गो जिला, कटिहार, सीतामढ़ी, भोजपुर, वैशाली, जहानाबाद आ अररिया, में होखे वाला बा. एकरा खातिर पत्रकारिता में डिग्री भा डिप्लोमा का साथे दू साल के पत्रकारिता के अनुभव चाहीं. उमिर चौबीस से पैंतालिस साल का भीतर होखे आ कैमरा आ कंप्यूटर चलावल आवत होखे के चाहीं. आवेदन पत्र के प्रारूप आकाशवाणी के वेबसाइट पर उपलब्ध बा. जे लोग पहिले निकलल रिक्ति खातिर आवेदन दे चुकल बा ओह लोग के दुबारा आवेदन करे के जरूरत नइखे. पूरा जानकारी एहिजा दिहल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।