आखिरी रास्ता में निरहुआ के एक्शन अवतार


पिछला चार साल से लगातार भोजपुरी सिनेमा के नम्बर वन स्टार वाला अपना सिंहासन पर काबिज अभिनेता दिनेश लाल यादव निरहुआ के एक्शन अवतार दर्शकन के देखे के मिली भोजपुरी फिल्म “आखिरी रास्ता” में. ई फिल्म जल्दिये रिलीज होखे वाली बा आ एहमें निरहुआ के एक से बढ़ि के एक रोमांचकारी एक्शन सीन देखे के मिले वाला बा. उनकर खतरनाक दुश्य देखि के दर्शक सनी देओल आ अक्षय कुमार के याद करे लगीहें. फिल्म के शूटिंग हैदराबाद के मनोरम लोकेशन का अलावा बैंकाको में करावल गइल बा. प्रियंका पिक्चर्स का बैनर में एह फिल्म के के॰एस॰साईबाबा आ ए॰दास मिल के बनवले बाड़े. निर्देशन जानल मानल निर्देशक जी॰सुब्बाराव के बा जे एहसे पहिले “कइसे कहीं तोहरा से प्यार हो गइल” आ ” शिवा” जइसन सुपर हिट फिल्मन के निर्देशन कर चुकल बाड़न. “आखिरी रास्ता” में निरहुआ का साथे तीन गो नायिका बाड़ी, पाखी हेगडे, मोनालिसा, आ रिंकू घोष. साथ में माया यादव, मुख्तार, सत्यप्रकाश, आ हास्य सम्राट मनोज टाइगर बाड़े. फिल्म में निरहुआ के किरदार एगो प्रधान के भाई देवा के बा. फिल्म के गीत विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के लिखल बा जवना के संगीत दिहले बाड़े राजेश रजनीश के जोड़ी. मारधाड़ के सीन एक्शन मास्टर वेंकट का निर्देशन में बनल बा आ नाच के दृश्य रिक्की गुप्ता का निर्देशन में. फिल्म १४ जनवरी के बिहार का सिनेमाघरन में रिलीज होखे जा रहल बा.
(स्रोत : प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।