आखिरी रास्ता में रिंकू के डंका बाजत बा


हालही में बिहार में रिलीज भइल भोजपुरी फिल्म “आखिरी रास्ता” में रिंकू घोष के किरदार के डंका बाज रहल बा. जेहि देखऽता से रिंकु के प्रशंसा करत थाकत नइखे. फिल्म के सफलता के आलम ई बा कि लोग मुँहमाँगा दाम पर एकर टिकट खरीद रहल बा. सभका इहे चाह बा कि दोसरा लोग से पहिले एह फिल्म के देख लीं. फिल्म में निरहुआ नायक का भूमिका में बाड़े. निरहुआ आ रिंकू घोष के जोड़ी के चहुँ ओर प्रशंसा हो रहल बा आ रिंकु घोष का लगे सभतर से बधाई संदेश आ रहल बा. उनकर प्रशंसक सिनेमा के पोस्टर पर रिंकू के फोटो देख के जालें काहे कि तब ओह लोग के चहेती अभिनेत्री के अदा देखे के मिलेला. “आखिरी रास्ता” में रिंकू घोष एगो चुलबुली लड़की के किरदार में बाड़ी. फिल्म में उनकर एगि कमाल के डांसो बा.
दोसरे एह डाँस खातिर निर्माता दिल खोल के खर्च कइले बाड़ी. देखल जाव भोजपुरी सिनेमा के बिजुरिया सीमा सिंह के ई डांस दर्शकन के कतना डँसत बा.
(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।