आगि लगाके जमालो पूछली – अगिया बुतावत काहे नइखऽ


नयी दिल्ली 31 मार्च. पंजाब नेशनल बैंक घोटाला पर मोदी सरकार के चुप्पी पर सवाल उठावत कांग्रेस पूछले बिया कि आखिर एहमें लुकावल का जात बा, काहें कि एह घोटाला के खुलासा भइला 45 दिन हो गइल आ अबहीं ले एह मामिला में कवनो कार्रवाई नइखे भइल.
अपना ट्वीट से कांग्रेस सवात कइले बिया कि – छोटका मोदी के घोटाला के आजु 45 दिन हो गइल बाकिर पीएम मोदी भा वित्त मंत्री अरुण जेटली अबहीं ले आपन चुप्पी नइखन तूड़ले. एकरा साथही कांग्रेस एगो पोस्टरो जारी कइले बिया जवना के नाम दिहले बिया – ‘मौन मोदी’ 45 दिन.
मध्य प्रदेश के व्यापम घोटालो लेके कांग्रेस ट्वीट कइले बिया आ कहले बिया कि व्यापम महाघोटाला मध्य प्रदेशे ना पूरा देश में चर्चा में बा. ओकरा लागत बा कि मौजूदा हालात मध्य प्रदेश में भाजपा के खतम होखत जनाधार के बतावत बा.
वइसे जाने जोग इहो बा कि सोनिया गाँधी आ राहुल गाँधी दुनु जने एगो घोटाला का केस में जमानत पर चलत बा लोग आ पूरा कोशिश में बा लोग कि कवनो तरह ओह घोटाला के मामिला दबा दीहल जाव.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।