आजमगढ़ मुठभेड़ में दू गो इनामी बदमाश समेत चार गो गिरफ्तार


आज़मगढ़ 15 अप्रैल (वार्ता). आजमगढ़ जिला में अलग-अलग मुठभेड़ में 20-20 हजार के दू गो इनामी बदमाशन समेत चार गो के पुलिस गिरफ्तार कइले बिया. एह मुठभेड़न में दू गो बदमाश आ दू गो पुलिसवाले घवाहिल हो गइलें.
पुलिस अधीक्षक अजय साहनी बतवलें कि भोर मे गंभरपुर आ रानी के सराय इलाकन में भइल पुलिस मुठभेड़ में पंकज यादव, राजतिलक सिंह, रवि साहू, अउर अमर जीत यादव के गिरफ्तार क लीहल गइल बा. एहमें से पंकज यादव आ राजतिलक पर बीस बीस हजार के इनामो घोषिय रहुवे. दुनु गोली लगना से घवाहिल हो गइल बाड़े सँ. रानी के सराय इलाका में तैनात कांस्टेबल मनोजो शर्मा घवाहिल भइल बाड़न.
बदमाशन का लगे से दू गो पिस्टल आ कुछ कारतूस का अलावे मोटरसाइकिल बरामद भइल बा. एहनी का खिलाफ हत्या, लूट वगैरह के कइएक मामिला दर्ज बा. सगरी बदमाश मेहनगर इलाक् के रहे वाला हउवें स.
एह बदमाशन के पकड़ने वाले पुलिस दल के आजमगढ़ परिक्षेत्र के पुलिस उपमहानिरीक्षक का ओर से 25 हजार रुपया बतौर इनाम देबे के एलान भइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।