आजमगढ़ में सड़क हादसा में सात लोग घवाहिल

आजमगढ़ जिला के मुहम्मदपुर बाजार का लगे एगो बोलेरो का चपेटा में दू गो अलग अलग मोटरसाइकिल पर सवार दू आदमी घवाहिल हो गइलें, एह लोग के गंभीर हाल मे जिला अस्पताल में भरती करावल गइल बा. एगो अउर एक्सीडेंट जहानागंज इलाका के सुम्भी बाजार का लगे भइल जब एगो कुकुर बचावे में एगो मोटरसाइकिल पलट गइल आ ओह पर सवार मरद मेहरारू आ पाँच साल के बेटा घवाहिल हो गइलें. एहू लोग ले जिला अस्पताल में इलाज करावल जात बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।