आजमगढ़ सीएमएस से रंगदारी मांगे वाला के पुलिस ध निकललसि


पिछला 15 मई का दिने आजमगढ़ जिला अस्पताल के मुख्य अधीक्षक डॉ जीएल केसरवानी के फोन प धमकावत रंगदारी मांगे वाला अपराधी के आजु आजमगढ़ पुलिस रोडवेज से गिरफ्तार क लिहलसि.
पुलिसिया पूछताछ में आजमगढ़ जिला के जीयनपुर इलाका के तरौका गोँव के नवीन कुमार राय सकार लिहलसि कि ओह दिन उहे फोन क के सीएमएस से रंगदारी मँगले रहुवे.
ओकरा लगे से फोन के सिम बरामद हो गइल बा.
गिरफ्तार करे वाली पुलिस टीम के नायक रहलन उपनिरीक्षक प्रभाकर शुक्ला.
(@azamgarhpolice के ट्वीटर अकाउन्ट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।