आजमगढ़ में जहरीला शराब पी के एकइस लोग मरल

आजमगढ़ में जहरीला शराब पीयला का चलते बीसन लोग के मौत हो गइल. घटना मुबारकपुर इलाका के ह जहाँ के छह गो गाँव के लोग एह जहरीला शराब से मरल बा.
बतावल जात बा कि आदमपुर गाँव में काल्हु सँझिया गैरकानूनी तरीका से बेचात सस्ता शराब पीए का चक्कर में एह लोग के मौत भइल. आदमपुर से शराब ले के लोग कई जगहा ओकर सेवन कइल आ देर रात होत सभकर तबियत खराब होखे लागल. पहिले त स्थानीय स्तर पर इलाज करावल लोग बाकिर जब हालत ना सुधरल त जिला चिकित्सालय मे भरती करावल गइल. कुछ ही घंटा का बीच आदमपुर, अतरडीहा, कौडिया, अमिलो, चकिया, नराव, डीहवा वगैरह गाँव के करीब दु दर्जन लोग एह शराब से बीमार पड़ के अस्पताल चहुँप गइल. मरे वालन के गिनिती दिन चढ़ला का साथे बढ़त चल गइल.
शुरु में त प्रशासन चुप्पी सधले रहुवे बाकिर दुपहरिया ओकरा सकारे के पड़ल कि जहरीला शराब पी के कुछ लोग मरल बा.
बतावल जात बा कि शराब बेचे वाला घूरा चौहान खुदो ई शराब पीयलसि जवना से ओकरो मौत हो गइल.
प्रशासन एह मामिला में चार गो पुलिसकर्मियन के निलम्बित कर दिहले बा. एहमें मुबारकपुर के थाना प्रभारी आ मुबारकपुर पुलिस चौकी के प्रभारीओ शामिल बाड़े.
मामिला के जाँच करे ला तीन सदस्य वाली एगो टीमो बना दीहल गइल बा. एह टीम में अपर जिलाधिकारी.प्रशासन, उपजिलाधिकारी.सदर, आ क्षेत्राधिकारी.सदर.शामिल बाड़े.
तीन लोग के अंतिम संस्कार बिना पुलिस के बतवले कर दीहला का चलते ओह परिवारवालन पर मुकदमा दर्ज कर लीहल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *