आजु के खास खबर, बुध 31 अगस्त का दिने
  • बुध का दिने अभयानंद बिहार के नयका पुलिस महानिदेशक के काम सम्हार लिहले.
  • अन्ना हजारे के अस्पताल से छूट्टी मिल गइल.
  • उप्र का कौशाम्बी में दंगा से 1 आदमी के मौत, 10 आदमी घवाहिल.
  • पुलिस अधीक्षक का बाद अब पटना के जिलाधिकारी के धमकी मिलल.
  • संसद के स्थायी समिति से अलगा होखल चाहत बाड़े मनीष तिवारी.
  • केंद्रीय खेल मंत्री अजय माकन बीसीसीआई के लतड़ले बाड़े कि ऊ सूचना के अधिकार नियम में नइखे आवल चाहत.
  • काश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला के कहना बा कि राज्य का बाहर कश्मीरियन के भावना ठीक तरीका से ना लिहल जाला.
  • आजु पूरा देश आ पाकिस्तानो में खुशी आ उमंग का साथे ईद के त्योहार मनावल जात बा.

0 Comments

Submit a Comment