आजु के खास खबर, शुक 2 सितम्बर का दिने
  • बिहार में नयागाँव का लगे रेलगाड़ी-टेम्पो का टक्कर में 6 आदमी के मौत
  • किरण बेदी कहले बाड़ी कि अगर संसद से विशेषाधिकार के नोटिस मिलल त ऊ माफी ना मँगीहे.
  • शुक का दिने कोलकाता के साल्ट लेक स्टेडियम में भइल फीफा अंतर्राष्ट्रीय मैत्री मुकाबले में अर्जेंटिना वेनेजुएला को 1-0 से हरा दिहलसि.
  • सीबीआई छापा के बाद लोकसभा अध्यक्ष के सचिव एपी पाठक के उनुका पद से हटा के मूल विभाग में भेजल गइल. छापा में बेहिसाब संपत्ति मिलल.
  • शुक का दिने कोलकाता के साल्ट लेक स्टेडियम में भइल फीफा अंतर्राष्ट्रीय मैत्री मुकाबले में अर्जेंटिना वेनेजुएला को 1-0 से हरा दिहलसि.
  • अरविंद केजरीवाल अपना पर नौ लाख रुपिया के बकाया रहला के आयकर विभाग के नोटिस के आधारहीन बतवले.
  • दू दिन का बंदी का बाद खुलल शेयरबाजार में आजुओ तेजी देखे के मिलल आ सेंसेक्स अंक चढ़ के बंद भइल.
  • गुजरात में बिना राज्यसरकार से सलाह लिहले लोकायुक्त के नियुक्ति करे वाली राज्यपाल के बोलावे खातिर भाजपा के शिष्टमंडल राष्ट्रपति से भेंट कइलसि.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।