आजु गोरखपुर मे लैपटाप बँटाइल

प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आजु गोरखपुर मे पचास गो छात्र छात्रा के लैपटाप बँटले. बाकी के 11868 लैपटाप स्थानीय प्रशासन बँटलसि.
एह मौका पर बोलावल समारोह के संबोधित करत मुख्यमंत्री कहलन कि सपा सरकार आपन चुनावी वादा पूरा करे खातिर लैपटाप बंटववलसि आ एह पर सवाल उठावे वाला राजनीतिक गोल अब चुप बाड़ी सँ.कहलन कि पहिले के बसपा सरकार अरबो रुपिया पत्थर के मूर्ति बनावे लगावे में खरच कर दिहलसि बाकिर सपा के सरकार गैर जरुरी योजना के खरचा रोक के विकासपरक योजना पर खरच करत बिया.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *