आजु गोरखपुर मे लैपटाप बँटाइल

प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आजु गोरखपुर मे पचास गो छात्र छात्रा के लैपटाप बँटले. बाकी के 11868 लैपटाप स्थानीय प्रशासन बँटलसि.
एह मौका पर बोलावल समारोह के संबोधित करत मुख्यमंत्री कहलन कि सपा सरकार आपन चुनावी वादा पूरा करे खातिर लैपटाप बंटववलसि आ एह पर सवाल उठावे वाला राजनीतिक गोल अब चुप बाड़ी सँ.कहलन कि पहिले के बसपा सरकार अरबो रुपिया पत्थर के मूर्ति बनावे लगावे में खरच कर दिहलसि बाकिर सपा के सरकार गैर जरुरी योजना के खरचा रोक के विकासपरक योजना पर खरच करत बिया.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।