आजु घरहीं में मनावे के बा श्रीरामनवमी
महन्थ नृत्य गोपाल दास

हर साल श्रीरामनवमी का मौका पर हिन्दू मंदिर जा के श्रीरामजन्मोत्सव मनावत आइल बाड़ें. बाकिर अबकी कोरोना का चलते देश में ल़ॉकडाउन लगा दीहल गइल बा. एह हालात में बाहर निकल के मंदिरन में सामूहिक आयोजन ना कइल जा सकी. श्रीराम जन्मभूमि तीर्थक्षेत्र न्यास के अध्यक्ष महंत नृत्यगोपाल दास रामभक्तों से निहोरा कइले बानी कि सभे आजु दुपहरिया में 12 बजे अपना अपना घर में भगवान श्रीराम के विग्रह भा चित्र को सोझा बइठ के धूमधाम से भजन-पूजन करे आ श्रीरामजन्मोत्सव मनावे.

पिछला दिने जारी एगो बयान में श्रीराम जन्मभूमि तीर्थक्षेत्र न्यास का ओर से ई अपील कइल गइल रहुवे. एहमें कहल गइल बा कि सरकार के सगरी दिशा-निर्देशन के पालन करत हमनी के भगवान के जन्मोत्सव पहिलहुँ से अधिका उत्साह आ उछाह से मनावे के बा. जइसे भगवान राक्षसन पर जीत हासिल कइले रहीं वइसहीं हमनियो के एह कोरोना महामारी पर जीत हासिल करे के बा.

न्यास अपील कइले बा कि श्रीरामनवमी (चैत्र शुक्ल नवमी तदनुसार 02 अप्रैल) का दिने दुपहरिया 12 बजे अपना-अपना घर में प्रभु श्रीराम के विग्रह भा चित्र का सोझा परिवार का साथे धूमधाम से भजन-पूजन करे के बा, आरती उतारे के बा. एकरा बाद एक माला (108 बेर) विजय महामंत्र – श्रीराम जय राम जय जय राम – के जाप क के प्रसाद ग्रहण कइल जाई. गोधुलि का बाद अपना-अपना घर में आ दुआरि पर दीया जरावल जाई. अपना गाँव, मोहल्ला, बस्ती के मन्दिरो में दीया जरावे के आ हो सके त श्रीरामचरित्र के ध्वनि विस्तारक से प्रसारण करे के व्यवस्था करे के बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *