आजु बाबू कुंअर सिंह के विजयोत्सव

आजादी के लड़ाई के महान सेनानी बाबू कुंअर सिंह के विजयोत्सव आजु बिहार आ यूपी में धूमधाम से मनावल जात बा. साल सत्तावन के गदर के दौरान दानापुर के तीन गो देसी पलटन बगावत कर दिहले रहीं सँ बाकिर नेतृत्व के लटकल मामिला सलटावे खातिर जगदीशपुर के बाबू कुँअर सिंह से निहोरा कइल गइल. अस्सी साल का उमिर भइला का बावजूद एह लड़ाई के अगुआ बने खातिर बाबू कुँअर सिंह तइयार हो गइलन. लड़ाई में ऊ खुद शामिल रहसु आ अपना तेग से अंगरेज के मूड़ी काटत जासु.

कई दिन ले चलल ओह लड़ाई का दौरान भूमिगत रहि के बाबू कुँअर सिंह लड़ाई करसु आ अंगरेजन के नाकी में दम कर दिहले रहलें. बाकिर अंगरेजन के बड़हन फौज का सोझा उनकर लड़ाई ढेर दिन ले ना चल सकल आ राँची हजारीबाग साइड से आवे वाला बागी सही समय पर ना चहुँप सकलें आ घवाहिल कुँअर सिंह खुद अपने हाथ से तलवार चला के बम से चिथड़ा भइल हाथ केहुनी का नीचे काट दिहले रहलें.

अइसन भोजपुरिया लाल के उनुका जनमदिन पर लाख लाख नमन.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।