आजु बिहार के स्थानीय निकाय के चुनाव

आजु बियफे का दिने बिहार के दू हजार पांच सौ वार्ड के चुनाव करावल जा रहल बा. हर बूथ पर सशस्त्र पुलिस बल मौजूद रही. वोट सबेरे सात बजे से उपरी बेरा चार बजे ले डालल जा सकी.
मत गणना अनइस मई के करावल जाई आ ओही दिने पूरा परिणाम मिल जाई. एह चुनाव में एगारह हजार एक सौ तिहत्तर उम्मीदवार मैदान में बाड़े. चुनाव ईवीएम मशीन से करावल जाई.
चुनाव का चलते आजु शहरी इलाकन में सार्वजनिक अवकाश के घोषणा कर दिहल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।