आजु से जंग शूरु हो गइल बा


भोजपुरी के मशहूर निर्माता अभय सिन्हा के कंपनी यशी फिल्म्स के निर्माण आ महुआ मीडिया प्रा॰लि॰ के प्रस्तुति “जंग” आजु से बिहार का सिनेमाघरन में रिलीज हो रहल बा. एह फिल्म में बिहार के छात्र राजनीति के दरसावल गइल बा. नायक पवन सिंह एगो कालेज के छात्र बाड़े आ ओह कॉलेज के खराब शिक्षा व्यवस्था आ प्रबंधन के गोरखधंधा का खिलाफ लड़ाई लड़त बाड़े. छात्र संघ का चुनाव में जीत दर्ज कर के ऊ कॉलेज के व्यवस्था सुधार देत बाड़े. एह फिल्म में पवन सिंह के एक्शन अवतार देखे के मिली. उनुकर नायिका बाड़ी हॉट एक्ट्रेस मोनालिसा. महुआ टीवी के सुर संग्राम विजेता मोहन राठौर आ डाँस संग्राम विजेता अविनाश दुबे एह फिलिम से आपन आपन अभिनय कैरियर के शूरुआत करे जा रहल बाड़े. फिल्म के कलाकारन में गुल हमीद, छपरा के प्रेरणा श्रीवास्तव, मेहनाज, दीपक सिन्हा. रिया, उल्हास, सुदेश कौल, आकाश सहाय, रवि उज्जैन, एहसान खान, डाँसिंग क्वीन संभावना सेठ आ सीमा सिहं शामिल बावे लोग.

गीत विनय बिहारी आ श्याम देहाती के, संगीत लाल सिन्हा के आ निर्देशन अरशद खान के बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..