‘‘आज के गौतम गोविन्दा’’ का पहिला गीत रिकार्ड भइल

इनफिनिटी इंटरटेनमेंट अउर आर. एन. सी. कंबाईन के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म ‘आज के गौतम गोविन्दा’ क पहिलका गीत संगीतकार पॉल कानपुरी का निर्देशन में गायिका इंदु सोनाली का आवाज़ में म्हाडा के ए.बी. साउण्ड रिकार्डिंग स्टूडियो में रिकार्ड करावल गइल. गीत विनोद पासवान के लिखल ह.

फिल्म के निर्माता प्रतिमा डी. मिश्रा अउर दिनेश चोपड़ा, निर्देशक शाद, सह-निर्माता बी. अली अउर संजय सन्याल आ प्रस्तुतकर्ता हउवें राज चोपड़ा अउर आनन्द मिश्रा.

फिल्म क कहानी का बारे में बतावत निर्देशक शाद कहलन कि एहमें देखावल गइल बा कि कइसे कवनो समूचा परिवार आपसी रंजिश से एक दोसरा के जानी दुश्मन बनि जाला.

फिल्म क शूटिंग एही महीना से मुंबई में शुरु होखी.


( समरजीत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..