आज दशहरा का मौका पर पटना गाँधी मैदान खातिर पूरा सुरक्षा इंतजाम

आजु दशहरा के मौका पर पटना के गांधी मैदान में रावण के पुतला दहन के आयोजन के सगरी तइयारी पूरा हो गइल बा. पिछला साल के हादसा का बाद एह साल पूरा चौकस इंतजाम कइले बावे प्रशासन. कई रास्तन पर गाड़ियन के चलावल मना हो गइल बा आ कुछ रास्ता के एकतरफा बना दीहल गइल बा. पुतला दहन भइला का बाद मैदान के चौबीसो गेट खोल दीहल जाई जवना से कवनो गेट पर भगदड़ के हालात मत बनो. गाँधी मैदान के निगरानी करे खाति चालीस गो सीसीटीवी कैमरा लगावल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।