आतंकियन के बढ़ावा देबेवाला जाकिर नाईक के तरफदारी कइलसि देवबंद

zakirयूपी के सहारनपुर में स्थापित हिन्दुस्तान भर में मशहूर इस्लामिक संस्था दारुल उलूम देवबंद अब मुस्लिम धर्मगुरु जाकिर नाईक के तरफदारी करत सामने आइल बा. दारुल उलूम के पदाधिकारी आ उलेमा-ए-कराम के कहना बा कि बिना कवनो जाँच करवलहीं डॉ जाकिर के दोषी ठहरावल नाजायज बात बा. दारुल उलूम के कार्यवाहक मोहतमिम मौलाना खालिक मद्रासी अउर जमियत उलेमा-ए-हिंद के राष्ट्रीय अध्यक्ष मौलाना अरशद मदनी आजु सोमार का दिने एगो बयान जारी क के ई बात कहले बाड़ें.

एह लोग के कहना बा कि डॉ़ जाकिर इस्लामिक विद्वान हउवें आ अपना तरीका से कुरान के व्याख्या करेलन. बाकिर ऊ दहशतगर्दी के तरफदारी ना करसु. केंद्र सरकार आ कुछ संगठन जाकिर का खिलाफ कवनो जाँच होखे का पहिलहीं से हवा बनवले बाड़ें आ इस्लाम के बदनाम करत बाड़ें.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..