आतंकियन से मुकदमा हटावे पर लागल रोक के स्वागत कइलसि भाजपा

उत्तर प्रदेश सरकार भिड़ल बिया कि जेल में बंद सगरी मुसलमान आरोपियन पर से मुकदमा हटा लिहल जाव. ओकर कहना बा कि एह लोग पर गलत मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. इहाँ ले कि बम विस्फोट करावे के आरोपी आतंकियनो के रिहा करे में लागल बिया सरकार. शर्त अतने बा कि ओह आरोपी के अल्पसंख्यक होखे के चाहीं. पिछला विधानसभा चुनाव में सपा इहे वादा कर के अल्पसंख्यकन के वोट थोक मे लिहले रहुवे आ अब ओह वादा के पुरावे में लागल बिया. इलाहाबाद हाई कोर्ट के लगावल रोक पर मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के कहना बा कि अदालत के आदेश के पालन कइल जाई. भाजपा अदालती रोक के स्वागत करत कहले बिया कि ई फैसला सरकार का मुँह पर तमाचा जइसन बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..