आदि शक्ति के कवनो फिलिम कबो रुकल ना

durga-dadaजानल मानल फिल्म फाइनेंसर आ आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के कर्ता-धर्ता दुर्गा प्रसाद क बारे में कहल जाला कि ऊ बहुते भाग्यशाली हउवें. आजु ले जवना फिलिम साथे आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के नाम जूड़ल सगरी फिलिम सिनेमा घर ले ज़रूर चहुँपल. आदि शक्ति के कवनो फिलिम कबो रुकल ना. एहसे जेही एक बेर आदि शक्ति इंटरटेमनेंट से जूड़ल ऊ हमेशा एकर जयकार करेला. वजह बा दुर्गा प्रसाद मजूमदार के बहुगनी होखल. भोजपुरी इंडस्ट्री में दादा का नाम से मशहूर दुर्गा प्रसाद मजूमदार के सिनेमा के मेकिंग से लेके कैमरा के लेंस तक के जानकारी बा. खुद दादा के कहना बा कि उनुका भोजपुरी से प्यार बा आ एही से भोजपुरी फिलिम बनावेले आ परोसेलें.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..