आदि शक्ति लाँच कइले निर्देशक दिनेश यादव के

भोजपुरी फिलिमन के एह घरी छाप लिहले बाड़न निर्देशक दिनेश यादव. हालांकि बतौर निर्देशक दिनेश यादव के पहिला भोजपुरी फिल्म ह ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ जवन एह घरी खूबे चरचा बिटोरत बिया. आदि शक्ति इण्टरटेनमेंट के एह फिल्म ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ के निर्देशित करे से पहिले दिनेश यादव चर्चित निर्देशक राजकुमार पाण्डे के एसोसिएट रहले आ एक दर्जन से अधिका सफल भोजपुरी फिलिमन में योगदान दे चुकल बाड़े. एह फिल्म के निर्माण सुपर गोल्ड आडियो एण्ड सिनेविजन प्रा. लि. करत बिया.

पत्रकारिता से फिल्म निर्देशन करे उतरल दिनेश यादव के मुहूर्त का मौका पर बधाई देबे खुद निर्देशक राजकुमार पाण्डे आ अभिनेता मनोज पाण्डेय, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय, अयाज खान, गोपाल राय वगैरह मौजूद रहले.

एह फिल्म से पहिला हाली यूपी आ बिहार के चर्चित गायक विजय वर्मा के सिल्वर स्क्रीन पर उतारल जात बा. उनुकर नायिका बाड़ी रानी चटर्जी. अउरी मुख्य कलाकारन में संजय पाण्डे, कलुवा, निशा, उमेश सिंह, अयाज खान, आनन्द मोहन, रत्नेश आ नीरज राज पौडेल वगैरह शामिल बाड़े.

फिल्म के गीत लिखले बाड़न प्यारेलाल यादव आ श्याम देहाती. संगीतकार हउवे श्याम देहाती, मार-धाड़ मास्टर दिलीप यादव आ नृत्य निर्दैशक कानू मुखर्जी हउवन.


(शशिकांत सिंह के रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।