आनंद संग तहलका मचइहन रवि किशन

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन आ राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता निर्देशक आनंद गहतराज एक बार फेर कवनो फिल्म खातिर साथे जुड़ल बाड़न फिल्म “तहलका” खातिर. एह दुनु जने के ई चउथकी फिल्म होखी. एकरा पहिले दुनु जने राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता पहिलका भोजपुरी फिल्म “कब होई गवना हमार” का अलावे “क़ानून हमरा मुट्ठी में” आ निर्माणाधीन फिल्म “खेला” में साथे बाड़न. निर्माता बिट्टू सिंह आ गोपी यादव के फिल्म “तहलका” के भव्य मुहूर्त पिछला दिने पनवेल स्थित सुर्वे फार्म हाउस में अभिनेता ब्रिजेश त्रिपाठी के हाथे नारियल फोड़वा के कइल गइल.

राज सेन के संगीत आ एस.कुमार के गीतन से सजावल एह फिल्म में रवि किशन का अलावे अवधेश मिश्रा, श्री कंकानी आ राकेश जायसवाल मुख्य भूमिका में बाड़े. रवि किशन के नायिका अबही तय नइखे भइल. फिल्म के छायाकार नरेन्द्र पटेल, एक्शन निर्देशक जीतू सिंह, सम्पादक गोविन्द दुबे आ कार्याकारी निर्माता विजय आर. सिंह हउवें. तहलका के मुहूर्त के अवसर पर अभिनेता सुशील सिंह, प्रकाश जैस, ब्रिजेश त्रिपाठी, अवधेश मिश्रा, चेतना गहतराज सहित फिल्म जगत से जुड़ल अनेके लोग मौजूद रहल.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..