आन्हर कुकुर बतासे भूंके

– जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

JaishankarDwivedi

टीभी के परिचरिचा देखs
अस लागे, गोंइठा घी सोखे।
आन्हर कुकुर बतासे भूंके।।

मिलत जुलत सभही गरियावत
पगुरी करत सभे भरमावत
पुतरी नचावत मुँह बिरावत
एहनिन के अब मुँह के रोके।
आन्हर कुकुर बतासे भूंके।।

छऊँक लगावत खबर बनावत
दिन में सई सई बार चलावत
इत उत तिकई बेसुरा गावत
भरसइयों में मरिचा झोंके।
आन्हर कुकुर बतासे भूंके।।

खोजत हेरत मतलब ताड़त
कहाँ भुलाइल आपन भारत
खोदत गड़हा आग लगावत
आपन भावे परिभाषा ओके।
आन्हर कुकुर बतासे भूंके।।

झांझर चलल पवन मनभावन
लहक मिले सुधियन के सावन
सगरों दाग लगल करिखा के
अस लागे घनचक्कर रोके।
आन्हर कुकुर बतासे भूंके।।

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..