आन्ही पानी बनौरी से बहुते नुकसान, गरमी से राहतो मिलल

(प्रतीक फोटो)


बलिया, गोरखपुर, पटना, 30 अप्रैल. बिहार आ पूर्वांचल में काल्हु रात आइल आन्ही पानी से दर्जनो लोग के मौत हो गइल आ नाहियो त तीन दर्जन लोग के घवाहिलो होखे के खबर बा. सबले बेसी नुकसान कोसी, मिथिलांचल आ सीमांचल के इलाकन में भइल बा. कई जगहा बनौरिओ गिरे के खबर बा त कहीं ठनका गिरे के. मधुबनी के लखनौर में तीन जने, मधेपुरा, झंझारपुर, बाबूबरही में एक एक आदमी के मरे के खबर बा. ठनका गिरला से सुपौल में दू जने के आ मधेपुरा में एक आदमी के मौत होखे के खबर बा. नवादा में छत भसला से दू लोग मर गइल आ दू दर्जन से अधिका लोग घवाहिल हो गइल. बिहार सरकार का तरफ से मरे वालन के परिजन के चार चार लाख रुपिया अनुग्रह अनुदान देबे के एलान कइले बिया.
पुर्वांचलो में तेज आन्ही पानी से कई जगहा गाछ आ खंभा गिरे के खबर बा. मौसम विभाग के कहना बा कि चार पाँच दिन ले एही तरह के मौसम बनल रहे के उमेद बा काहे कि उतुतर पश्चिम राजस्थान से लिहले यूपी ले आसमान में बादल के ट्रफ लाइन गुजरत बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।