आपन भारत के हाल

– कमल जी मिश्रा

अइसन फाटल खेत में लामे लाम दरार
जइसे बोले मंच पे नेता दात चियार.

बुढवा पीपर गाव के तब कहले घिघिआइ
गदहा रसगुला भछे गलफर गइल छिलाइ.

चढ़ल शनीचर माथ पे फुटहा भइल मोहाल
शासन-भइसा चर गइल आजादी के माल.

जरे पलानी घाम में घामे जरे पुआल
शासन असवासन भरल बजर केवार.

भाषण के एह देश मे भईआ उपज भइल अफरात
अंगुठा छाप भाषण करे पढल लिखल छिछियात.

नेता धावे डाढि पे चमचा पाते पात
नगद माल सोपह भइल जनता बा घिघियात.

नेता बाढे देश मे शासन चलल पराय
हँकडे से हीरो बने पछडे से पछताय.

जनता किकुरल गेह मे चमचा भइले चाँड
गदहा किसमिस खा गइल घोड़ा उसरा टाँड.

गाल बजाव गाल मे बाटे बहुत कमाल
काटे चानी छूट के दुनिया दइब-दलाल.


पता चन्द्रपुरा, ब्रहम्पुर, बक्सर बिहार
मोबाइल नम्बर 8002263521, 09835020539,

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।