आयकर रिटर्न भरे के तारीख बढ़ गइल


नयी दिल्ली 26 जुलाई (वार्ता). आकलन साल, Assessment Year, 2018-19 खातिर आयकर रिटर्न भरे के आखिरी तारीख वित्त मंत्रालय एक महीना बढ़ाके 31 अगस्त 2018 क दिहलसि.
केन्द्रीय प्रत्यक्ष कर बोर्ड (सीबीडीटी) का तरफ से जारी बयान में आजु बियफे का दिने कहल गइल बा कि आयकर रिटर्न दाखिल करे के आखिरी तारीख जवन पहिले 31 जुलाई रहुवे तवना का एक महीना बढ़ा के अब 31 अगस्त क दिहल गइल बा.
आकलन वर्ष 2018-19 खातिर रिटर्न दाखिल करे के आखिरी तारीख बढवला से देश के करोड़ों आयकर दाता के राहत मिलल बा काहे कि पहिला बेर रिटर्न जमा करावे के तारीख पार भइला का बाद एह साल से जुर्माना लागे के बात कहल गइल बा. एहसे बहुते लोग बेचैनी में रहुवे आ ऑनलाइन रिटर्न भरे के एह आपाधापी में सर्वर के परेशानी होत रहुवे. एहसे जे लोग अबहीं ले आपन रिटर्न जमा नइखे करवले ऊ लोग अब आराम से आपन रिटर्न जमा करा पाई.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।