आयुषी तिवारी पर अभय तिवारी लाइन मारत बाड़न का !

भोजपुरी बी टाउन में जोरदार कनफुसकी चलत बा कि फ़िल्म ‘दिल तुझ पर क़ुर्बान’ से सिल्‍वर स्‍क्रीन पर डेब्‍यू ला तइयार नयका अभिनेता अभय तिवारी इंडस्‍ट्री के खूबसूरत अभिनेत्री आयुषी तिवारी पर लाइन मारत बाड़ें. सुने में आवत बा कि एह जोड़ी के फिलिम के सेटो पर से अधिका दोसरो जगहा पर देखल जा रहल बा.

फिलिम का सेट पर शूटिंग का दौरान बढ़ल नजदीकी रंग ले आइल बुझात बा.

अभय तिवारी एह कनफुसकी के सिरे से खारिज करत कहऽतारें कि फिल्‍मी दुनिया में अइसनका गॉसिप पर कान ना देबे के चाहीं. जब हमनी का फिलिम में काम करीलें सँ त आपना साथी कलाकारन के समय देबहीं के पड़ेला. आ अहमें कुछ अइसन वइसन बाति ना होखे. आयुषी बहुते बढ़िया अदाकारा हई आ ढेर दन से एह इंडस्‍ट्री में बाड़ी. उनुका अनुभव से हमरा बहुते फाटदा मिलल फिलिम में काम करे में. से हमनी में दोस्ती हो गइल बा.

जाने जोग बा कि रुद्रा फिल्म कंपनी के बैनर तले बनत फ़िल्म ‘दिल तुझ पर क़ुर्बान’ के शूटिंग पूरा हो गइल बा आ एह घरी एकर पोस्‍ट प्रोडक्‍शन के काम जोर धइले बा. लॉकडाउन का बाद एह फिलिम के रिलीज करे के योजना बा. एकरा बाद अभय तिवारी के एगो अउर फिलिम ‘भईया नीलकंठ’ के तइयारी चालू बा आ इहो फिलिम लॉकडाउन का बाद फ्लोर पर जाए के उमीद बा.

रुद्रा फिल्म्स के बैनर वाली भोजपुरी फ़िलिम ‘दिल तुझ पर क़ुर्बान’ के निर्मात्री अदिति राय हई. निर्देशन राजू चौहान के, पटकथा राकेश त्रिपाठी के आ गीत विनय बिहारी आ सुमित चंद्रवंशी के लिखल बाड़ी सँ. संगीतकार मधुकर आनंद बाड़ें आ डीओपी नंद लाल चौधरी. एक्शन दिलीप यादव के त कोरियोग्राफ़ी संजय कोर्वे के हवे.

एह फिलिम के कलाकारन में खास बाडें रितेश पांडेय, अभय तिवारी, आयुषी तिवारी, मोनिका राय, अमित शुक्ला, अयाज़ खान, दीपक सिन्हा, समर्थ चतुर्वेदी, सोनिया मिश्रा आ संगीता तिवारी.

(हंगामा मीडिया से मिलल खबर का आधार पर)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।