आयुष्मान भारत कार्यक्रम सफल करे में आईएमए सहयोग करे – योगी

गोरखपुर, 30 अप्रैल (वार्ता). उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ इंडियन मेडिकल एसोसिएशन से आशा जतवले बाड़ें कि ऊ देश के ‘आयुष्मान भारत’ कार्यक्रम के सफल बनावे ला पूरा सहयोग करी.
गोरखपुर में आईएमए के एगो कार्यक्रम में अपना संबोधन में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहनी कि राज्य सरकार आ आईएमए समन्वय बनावे त आम जनता के बेहतर स्वास्थ्य सुविधा देबे में आसानी हो जाई. कहनी कि सरकार के दायित्व बा कि जनसामान्य के बेहतर स्वास्थ्य सुविधा उपलब्ध करावे आ एकरा ला आईएमए सहित अउरिओ संस्था जुड़ जाव त अउर बेहतर.
काल्हु प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी ‘आयुष्मान भारत’ के शुरुआत करीहें आ एह कार्यक्रम के सफल बनावे में आईएमए के पूरा सहयोग देबे के होखी. चिकित्सा क्षेत्र के 70 प्रतिशत सेवा निजी क्षेत्र का आसरे बा आ ओहू लोग के चैरिटी का माध्यम से जनता के सेवा करे के चाहीं. राज्य में डॉक्टरन के बहुते कमी बा एहसे आईएमए प्रदेश सरकार के साथे मिलके रणनीति बनाके काम करे जवना से आम जनता के बेहतर स्वास्थ्य सुविधाएं उपलब्ध करावल जा सके.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।