आरक्षण समर्थक छात्रनेता के गिरफ्तारी से विद्यार्थी आन्दोलित

आरक्षण समर्थक छात्र नेता आ इलाहाबाद विश्वविद्यालय छात्रसंघ अध्यक्ष दिनेश यादव के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया. उनका साथे अउरियो करीब डेढ़ दर्जन बवाली पकड़ाइल बाड़े. एह गिरफ्तारी के विरोध करत शिब्ली नेशनल कालेज के छात्रनेता श्रीराम यादव अकेला विद्यार्थियन के एगो बइठक शनिचर का दिन बोलवले आ ओह बइठक में सरकार से माँग भइल कि दिनेश यादव आ बाकी छात्रन के जल्दी से रिहा कर दिहल जाव आ ओह लोग पर से मुकदमा उठा लिहल जाव.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।