आरा चरपोखरी में माले समर्थक हमला कइलें

भोजपुर जिला के चरपोखरी इलाका के करनौल-चांदी गांव में पिछला मंगल के साँझ माले समर्थक हथियारबंद अपराधी खेत के जुताई करवावत प्रीतम यादव के परिवार वालन पर अंधाधुंध गोली चलावे लगलन. सजोग बढ़िया रहल कि केहू के जान ना गइल बाकिर जुताई करत ट्रैक्टर के नुकसान चहुँपल . प्रीतम यादव एगो माले समर्थक के हत्या करे का आरोप में जेल में बंद बाड़न कई साल पहिले प्रीतम के पिता आ दादा के हत्या माले समर्थक कर दिहले रहले. एकरा बाद माले समर्थक आ मुखिया रहल ब्रजेश पासवान के पिता के हत्या कर दिहल गइल रहुवे. एह सब का चलते माले वाला प्रीतम यादव पर आर्थिक नाकेबंदी लगवले बाड़े. बुध का दिने एएसपी विकास कुमार आ आरा सदर एसडीओ माधव सिंह गाँव के दौरा कर के हालात समुझलें.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।