आरा छपरा बलिया आ देवरिया का हर प्रखंड में अवैतनिक स्ट्रिगर चाहीं

टटका खबर पर भरपूर स्थानीय खबर देबे खातिर शुरुआती चरण में चार गो जिला, आरा छपरा बलिया आ देवरिया, के हर प्रखंड से एगो अवैतनिक स्ट्रिंगर चाहीं. अपना इलाका के खबर ईमेल भा एसएमएस से टटका खबर के भेजे के होखी. काम चल निकलल त बाद में वेतन भत्ता के बात सोचल जाई. एह बीच विज्ञापन भा वेबसाइट आर्डर पर आकर्षक कमीशन दिहल जाई.
अगर रउरा काम पसन्द आवत होखे त एह पर कमेंट का रूप में आपन आवेदन अबहियें कर दीं. अगर देवनागरी लिपि में लिखे में दिक्कत होखे त रोमन लिपि के इस्तेमाल करीं बाकिर भाषा भोजपुरीए होखे के चाहीं. हिंदी भा अंग्रेजी में भेजल आवेदन पर विचार ना होई.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..