आरा छपरा बलिया आ देवरिया का हर प्रखंड में अवैतनिक स्ट्रिगर चाहीं

टटका खबर पर भरपूर स्थानीय खबर देबे खातिर शुरुआती चरण में चार गो जिला, आरा छपरा बलिया आ देवरिया, के हर प्रखंड से एगो अवैतनिक स्ट्रिंगर चाहीं. अपना इलाका के खबर ईमेल भा एसएमएस से टटका खबर के भेजे के होखी. काम चल निकलल त बाद में वेतन भत्ता के बात सोचल जाई. एह बीच विज्ञापन भा वेबसाइट आर्डर पर आकर्षक कमीशन दिहल जाई.
अगर रउरा काम पसन्द आवत होखे त एह पर कमेंट का रूप में आपन आवेदन अबहियें कर दीं. अगर देवनागरी लिपि में लिखे में दिक्कत होखे त रोमन लिपि के इस्तेमाल करीं बाकिर भाषा भोजपुरीए होखे के चाहीं. हिंदी भा अंग्रेजी में भेजल आवेदन पर विचार ना होई.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।