Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

आरा छपरा बलिया समेत देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (बियफे, 12 फरवरी 2015)

(बुध, 11 फरवरी के खबर)

  • JeetanManjhiसुने में आवत बा कि मुख्यमंत्री के राज्यपाल से निर्देश मिलल बा कि 20 फरवरी के विधानसभा में राज्यपाल के अभिभाषण का तुरत बाद मतदान करा के ऊ आपन बहुमत सिद्ध करावस. मतदान पर्ची डाल के होखी. बाकिर माँझी के समर्थक विधायक विधानसभा अध्यक्ष के पक्षपाती रवैया से परेशान बाड़े. उनुका खिलाफ अविश्वासो प्रस्ताव ले आवल गइल बा बाकिर विधानसभा सचिवालय ओकरा के नियम विरुद्ध बतावत बा. ओने दिल्ली में नीतीश का संगे महज 115 विधायकन के चहुँपे के खबर बा. सगरी विधायकन के नीतीश कुमार नोएडा के होटल में ठहरवले बाड़न जहाँ ओह लोग के संपर्क माँझी गुट से ना हो सके आ एह ‘चिरइयन’ के कवनो ‘बाज’ उठा मत ले जाव. सरकार में रहते नीतीश कुमार के पूरा अनुभव बा दोसर गोल से विधायकन के तूड़ के अपना पाला में ले आवे के. ऊ त राजदो के ना छोड़ले रहन जवन आजु उनका संगे गलबहियाँ डाल के खड़ा बा.
  • मुख्यमंत्री बने का हड़बड़ी में परेशान नीतीश कुमार के बुध का दिने पटना हाई कोर्ट से बड़हन झटका मिलल जब अदालत कह दिहलसि कि जदयू विधायक दल के नेता का रूप में नीतीश कुमार के चुनाई के तरीका सही ना रहल. अदालत बिहार विधानसभा अध्‍यक्ष उदय नारायण चौधरी के एह बारे में जारी अधिसूचना के अमल करे पर रोको लगा दिहलसि. अदालत के फैसला जदयू विधायक राजेश्‍वर राज के गोहार पर आइल.
  • एह बीच नी‍तीश कुमार अपना सगरी समर्थकन के भीड़ ले जा के राष्ट्रपति भवन पर देखा दिहलन. राष्ट्रपति से मिले ला उनुका संगे 15 जने के प्रतिनिधि मंडल गइल रहे जवना में सपा मुखिया मुलायम सिंह यादव, राजद मुखिया लालू प्रसाद आ जदयू के अध्यक्ष शरदो यादव रहलन. राष्‍ट्रपति उनुका बात पर विचारे के बात कहलन. आजुए राष्ट्रपति का तरफ से सगरी राज्यपालो लोग के सलाह दिहल गइल कि संविधान के हिसाब से फैसला लेव लोग. राष्ट्रपति नई दिल्‍ली में होखत राज्‍यपालन के 46 वाँ सम्‍मेलन के उद्घाटन करत ई बात कहलन.
  • बाकिर जीतन राम माँझी अपना जिद्द पर अड़ल बाड़न कि बहुमत के फैसला विधानसभा में होखे के चाहीं आ नीतीश के नेता चुने वाला विधायक दल के बइठक गैरकानूनी रहुवे. राज्यपाल के कहना बा कि एह मामिला में हड़बड़ी में कवनो फैसला ना लिहल जा सके आ सगरी पहलू देखला के जरूरत बा. भाजपा के कहना बा कि ओकर सगरी विकल्प खुलल बा आ फैसला विधानसभा में बहुमत तय करे समय लिहल जाई.
  • Kejriwal-with-HM-RajnathSinghदिल्ली के भावी मुख्‍यमंत्री अरविंद केजरीवाल बुध का दिने गृहमंत्री राजनाथ सिंह से भेंट कइलन आ दिल्ली के पूरा राज्य के हैसियत देबे के आपना माँग पेश कइलन. संगे गइल मनीष सिसोदिया कहलन कि गृह मंत्रालय आ दिल्ली सरकार के दिल्ली के जनता के राय के इज्जत करत मिलजुल के काम करे के चाहीं. अरविन्द केजरीवाल बियफे का दिने पीएम मोदी से भेंट करे जइहन.
  • आयकर विभाग का तरफ से कई एक प्रतिष्ठानन का साथही कांग्रेस आ आआपा पार्टी के नोटिस भेज के ओह लोग से कुछ मामिला पर जवाब माँगल गइल बा. आआपा से ओकरा मिलल दू करोड़ रुपिया का चंदा का बारे में पूरा जानकारी मांगल गइल बा. कांग्रेस पार्टी से ओकरा मिलल एगो दस लाख रुपिया के चंदा का बारे में पूरा जानकारी मांगल गइल बा.
  • आआपा के संस्‍थापक सदस्‍य शांतिभूषण बुध का दिने अपना पार्टी पर आरोप लगवलन कि दिल्‍ली विधानसभा चुनाव में टिकट देबे खातिर पार्टी पइसा लिहल गइल आ खराब छवि वालन के टिकट दे दिहल गइल. कहलन कि अब केजरीवालो पछतात होखींहे कि अनेरे अइसन लोग के पार्टी के टिकट दिहलन.
  • भाजपा नेता किरण बेदी चुनाव आयोग का लगे ओरहन कइले बाड़ी कि जामा मस्जिद के शाही इमाम के फतवा का चलते उनकर हार भइल आ आयोग चुनाव का मौका पर एह तरह के फतवा का बारे में विचार करे कि का ई सही रहे. कहली कि इमाम के बयान का चलते अनेके लोग उनका के वोट ना दिहल आ उनकर हार हो गइल.
  • झारखंड विकास मोर्चा के छह गो विधायक बुध का दिने नई दिल्‍ली में एगो कार्यक्रम में भाजपा में शामिल हो गइले. एहमें से चार जने के झाविमो पहिलही पार्टी से निकाल चुकल बिया. शामिल होखे का मौका पर झारखंड के मुख्‍यमंत्री रघुवरदास आ पार्टी के प्रदेश अध्‍यक्ष रविन्‍द्र राय समेत अनेके बड़का नेता मौजूद रहले. बतावल जात बा कि राज्य में 13 तारीख के मंत्रीमंडल के विस्तार कइल जाई.
  • उच्‍चतम न्‍यायालय बुध का दिने दिल्‍ली उच्‍च न्‍यायालय के ओह फैसला के बरकरार रखलसि जवना में कैग के रूप में शशिकांत शर्मा के नियुक्ति का खिलाफ दायर याचिका खारिज क दिहल रहे. अदालत कहलसि कि ऊ संवैधानिक प्रक्रिया में दखल ना दे सके.
  • बुध का दिने बॉम्‍बे स्‍टाक एक्‍सचेंज में मंगल से जारी तेजी बनल रहल आ सेंसेक्‍स 178 अंक चढ़के आ निफ्टी 62 अंक चढ़के बंद भइल. डालर के मुकाबले रुपिया छह पइसा कमजोर हो गइल आ कच्चा तेल के दाम न्‍यूयार्क मर्केंटाइल एक्‍सचेंज में 52 सेंट बढ़के 50 डालर 54 सेंट प्रति बैरल हो गइल.
  • केरल में होखत 35 वां राष्ट्रीय खेल के पदक तालिका में सेना सबले उपर, हरियाणा दुसरका जगह आ महाराष्ट्र तिसरका जगहा बावे. बुध का दिने पुरुष हॉकी के खिताब सेना आ महिला हाॅकी के खिताब पंजाब अपना नामे कइलसि.
  • देश में एह साल अबले स्‍वाइन फ्लू के 5157 मामिला सामने आइल बा आ अबले 407 लोग के मौत हो चुकल बा एह बेमारी से.
  • जयपुर आइल एगो जापानी पर्यटक के बलात्कार करे वाला आरोपी जीतराम चौधरी का बारे में सही जानकारी देबे वाला के एक लाख रुपिया इनाम देबे के एलान भइल बा. जेकरा लगे एह बदमाश के जानकारी होखो ऊ जयपुर पुलिस के जानकारी देव.
  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय के कड़ा निर्देश का बावजूद बहुते संख्या में असलहा के लाइसेंस जारी करे वाला 22 गो जिलाधिकारियन के प्रदेश सरकार नोटिस जारी कइले बिया. एह जिलाधिकारियन में इलाहाबाद, वाराणसी, आ गोरखपुर के जिलाधिकारी शामिल बाड़े.
  • मुगलसराय डिविजन के गया रेल खंड पर इंटरलॉकिंग के काम शुरू होखे का चलते 15 फरवरी ले कुछ रेलगाड़ियन के राह बदल दिहल गइल बा त कुछ के रद्द क दिहल गइल बा. राजेंद्र नगर-हटिया एक्सप्रेस, पटना हटिया पटना एक्सप्रेस, पटना रांची पटना जन शताब्दी एक्सप्रेस, गंगा दामोदर एक्सप्रेस आ राजगीर वाराणसी एक्सप्रेस दोसरा लाईन से चलल करी. 16 फरवरी ले पटना गया पटना पैसेंजर चाकंद ले, गया-डेहरी ऑन सोन पैसेंजर फेसर ले आ गया-धनबाद आसनसोल पैसेंजर मैनपुर ले चलल करी.
  • बक्सर के चौसा इलाका के चुन्नी गांव का नियरा मंगल के साँझ एगो औरत के लाश मिलल जवना के पहचानल नइखे जा सकल.
  • बुध का दिने बक्सर के वीर कुंवर सिंह सेतु के मरम्मत के काम शुरू हो गइल.
  • बक्सर टीसन पर बुध का दिने एगो नाबालिग लड़िकी के भगा के मुंबई जात ओकरा प्रेमी के पुलिस ध लिहलसि. दुनू के प्रेम के रंग में रंगाइल देख पुलिस के सन्देह भइल आ पूछताछ का बाद ओकर भेद खुलल. लड़िकी के ओकरा परिवार के सउँप दिहल गइल आ जदपुरा राजपुर गाँव के ओह लड़िका के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • रोहतास के बिक्रमगंज इलाका के शिवपुर गांव में दू फरीक का बीचे मंगल का राते भइल फायरिंग में दू गो नवही घवाहिल हो गइल बाड़े. घवाहिलन में प्रखंड प्रमुख के बेटो शामिल बा जवन पैक्स चुनाव में प्रत्याशी रहल. दुनू जने के इलाज निजी अस्पताल में चलत बा आ पाँच जने का खिलाफ थाना में केस लिखवावल गइल बा.
  • प्राइवेट सिक्यूरिटी एजेंसी के दर्जनो गार्ड बुध का दिने सारण जिला के दरियापुर रेल पहिया कारखाना के मेनगेट पर हंगामा कइले. एह लोग के कहना बा कि पिछला तीन महीना से तनखाह नइखे मिलल आ रोजे आजुकाल्ह के बहाना बना के टरकावल जात बा.
  • सारण जिला के गड़खा इलाका के महम्मदा गाँव के एगो नवही के मौत बुछ का दुपहरिया में बिजली लगला से हो गइल. मरे वाला नवही बिजली मिस्त्री के काम करत रहुवे.
  • अमनौर-भेल्दी रोड पर मंगल देर रात एगो सड़क हादसा में एगो नवही के मौत ठांवे प हो गइल आ दुसरका के मौत अस्पताल ले जाए का राह में हो गइल.
  • सारण जिला के कदना के देवराहा बाबा श्रीधर दास डिग्री महाविद्यालय के प्राचार्य अर्जुन प्रसाद यादव एगो धोखाधड़ी का मामिला में बुध का दिने मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी के अदालत में आत्मसमर्पण क दिले जहाँ से उनुका के जमानतो मिल गइल.
  • सारण जिला के जलालपुर इलाका के संसरी बक्सी गाँव में एगो कार्यक्रम में चहुँपल भाजपा सांसद आ गायक कलाकार मनोज तिवारी कहलन कि भोजपुरी के मान्यता देबे के प्रक्रिया शुरु हो गइल बा आ एह सदन के पँचवा सत्र में एह काम के पूरा करा दिहल जाई.
  • आरा जिला के नवादा थाना पुलिस एगो दरोगा के बेटा के गोली मारे के चार महीना पुरान मामिला में फरार आरोपी के बुध का दिने गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • पूर्वी चंपारण जिला के पहाड़पुर इलाका में एगो मोटरसाइकिल से टकरइला का बाद साइकिल से जात इब्राहिमपुर गाँव के एगो आदमी के मौत हो गइल. बाइक सवारन के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • गोरेयाकोठी के सादिकपुर गाँव में एगो अधिवक्ता के बेटा अपना के गोली मार के जान दे दिहलसि. हालांकि घरवालन के कहना बा कि कुछ बदमाश ओकरा के चहेट के घर में घुस के गोली मार दिहले सँ. घवाहिल भइला का बाद उनुका के असप्ताल ले जाइल जात रहुवे जब उनकर मौत हो गइल. पुलिस मामिला के तहकीकात करत बिया.
  • सिवान जिला के जीबी नगर इलाका के उसुरी गिरी टोला गाव में मंगल का रात लागल आग से एगो पलानी जर गइल.
  • बलिया जिला के चितबड़गांव इलाका के खलीलपुर गाँव में जमीन बेचे के विरोध कइला खातिर अपना मेहरारू के जान से मार देबे वाला आरोपी पर हत्या के मुकदमा लिखाइल बा.
  • सपा नेता के बदसलूकी कइला से परेशान डाक्टर सीयर सीएचसी पर आउटडोर सेवा बंद क दिहले रहले बाकिर अधीक्षक के समुझवला पर मान गइलन.
  • बलिया जिला के मनियर में मंगल के साँझ एगो नवही अपना देह पर किरासन तेल उझिल के आग लगा लिहलसि. ओकरा पियला से परेशान मेहरारू नइहर चल गइल त ई अपना कोठरी में जा के आग लगा लिहलसि. ओकरा के बहुते खराब हाल में अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *