आरा सासाराम इंटरसिटी अगिला हफ्ता से

भभुआ से सासाराम होत पटना का बीच इंटर सिटी एक्सप्रेस अगिला 17 अगस्त से चलल शुरू हो जाई. इलाका के लोग ढेर दिन से एह ट्रेन ला तिकवत रहुवे. बतावल जात बा कि एह ट्रेन के लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार हरियर झंडी देखा के रवाना करवइहें. छत्तीस साल पहिले सासाराम पटना नैरो गेज लाइन बंद कर दिहल गइल रहुवे. बाद में सात साल पहिले एहिजा नया लाइन बिछा के बड़ी लाइन के गाड़ी चलल शुरु भउवे. तबहियें से लोग इंटरसिटी के माँग करत रहुवे. बतावल जात बा कि ई रेलगाड़ी सबेरे पाँच बजे पटना से खुली आ वापसी में साँझ चार बीस बजे पटना चहुँपी.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..