आरोपी राज्यपाल हटावे खातिर केन्द्र से जवाब मंगलसि सुप्रीम कोर्ट

मध्यप्रदेश के व्यापम घोटाला में शामिल रहे के आरोपी कांग्रेसी नेता रहल आ कांग्रेस राज में मध्यप्रदेश के राज्यपाल बनावल गइल यूपी के मुख्यमंत्री रह चुकल रामनरेश यादव के हटवावे ला दायर एगो गुहार पर सुप्रीम कोर्ट केन्द्र सरकार से जवाब मंगले बिया. राज्यपालो के नोटिस भेज के जवाब मांगल गइल बा.
जान जाईं कि व्यापम घोटाला कांग्रेसी मुख्यमंत्री दिग्विजय सिंह का समय से चलल आवत बा आ एह मामिला से जुड़ल पचासन लोग के संदिग्ध हालात में मौत हो चुकल बा.
वकीलन के एगो गोल का तरफ से दायर एह गोहार में कहल गइल बा कि केन्द्र सरकार अइसन नियम कायदा बनावे जवना से भठियारा राज्यपालन के हटावे के दिशा निर्देश मिल सके. रामनरेश यादव के हटा के उनुका से पूछोताछ करे के मांग कइल गइल बा एह गोहार में.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।