आलोक कुमार आ खेसारीलाल के नया धमाल

भोजपुरी परदा पर लगातार सात गो सुपरहिट फिल्म देबे वाला भोजपुरी के सबले सफल निर्माता आलोक कुमार आ भोजपुरी के नयका सुपरस्टार खेसारी लाल यादव के जोड़ी एक बेर फेरू बॉक्स ऑफिस पर धमाल मचावे के तइयार बा. पिछला साल के सबले बड़की ब्लॉकबस्टर ‘‘साजन चले ससुराल’’ दे चुकल निर्माता आलोक कुमार आ अभिनेता खेसारीलाल के जोड़ी 10 मई से एगो सम्पुर्ण मनोरंजक फिल्म ‘‘देवरा पे मनवाँ डोले’’ लेके आवत बिया. एकर निर्देशक हउवें प्रेमांशु सिंह जे साजन चले ससुरालो के निर्देशक रहलें.

फिल्म में खेसारीलाल यादव संगे स्मृति सिन्हा, अंजना सिंह, रानी चतुर्वेदी, प्रकाश जैस, अनुप अरोड़ा, माया यादव, पुनम सिंह, विनोद मिश्रा, सतेन्द्र सिंह, सुभा, संतोष श्रीवास्तव, सत्यप्रकाश, अखिल तिवारी, अनिता रसतोगी, संजीव झा अउर ब्रजेश सिंह के प्रमुख भुमिका बा. एकर प्रोमो आ ट्रेलर जेही देखले बा से ही एकरा के एह साल के सबले बड़ हिट फिल्म मान लिहले बा. दर्शको एकर बेताबी से इंतजार करत बाड़े.

संयोगिता फिल्मस् आ सी.पी.आई. मूविज के प्रस्तुति ‘‘देवरा पे मनवा डोले’’ 10 मई से बिहार के सिनेमाघरन में रिलीज होखे जात बा. निर्माता आलोक कुमार एकरा सफलता खातिर पूरा आश्वस्त बाड़े.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।